जनसंख्या

भोजपुरी विकिपीडिया से
इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
1994 में दुनिया में मनुस्य जनसंख्या क बितरण
निशान

जनसंख्या कौनों भी जीव जंतु की की प्रजाति की सगरी सदस्यन के गिनती के कहल जाला।[१][२] हालाँकि, आम बोलचाल की भाषा में एकर मतलब मनुष्य की जनसंख्या से लिहल जाला जेकरी तहत ई गिनती बतावल जाला कि कौनों भी क्षेत्र में कुल केतना लोग निवास करत बाटे। जनसंख्या के गिनती कइले के जनगणना कहल जाला। अलग-अलग देस में ई अलग-अलग समय बिता के होला। भारत में ई हर दस साल पर होला, पाछिली बेर २०११ में जनगणना भइल रहे। एह समय भारत क कुल जनसंख्या 1,210,569,573 बाटे (2011 की जनगणना की हिसाब से)।[३]

जनगणना[संपादन]

जनगणना मने होला कौनों भी क्षेत्र में एगो प्रजाति वाला सभ परानिन के गिनती कइल। आमतौर पर एकर उपयोग आदमिन की गिनती खातिर कइल जाला बाकी ई एगो ब्यापक शब्द बाटे आ अउरी दूसरी परानिन की गिनती खातिर भी इस्तेमाल होला।

इहो देखल जाय[संपादन]


संदर्भ[संपादन]

  1. "Population". Biology Online. तारीख 17 जनवरी 2015 के उतारल गइल. 
  2. "Definition of population (biology)". Oxford Dictionaries. Oxford University Press. तारीख 17 जनवरी 2015 के उतारल गइल. a community of animals, plants, or humans among whose members interbreeding occurs 
  3. "India at Glance - Population Census 2011". Census Organization of India. 2011. तारीख 17 जनवरी 2015 के उतारल गइल.